मौसम क्रिकेट ऑपरेशन सिंदूर क्रिकेट स्पोर्ट्स बॉलीवुड जॉब - एजुकेशन बिजनेस लाइफस्टाइल देश विदेश राशिफल आध्यात्मिक अन्य
---Advertisement---

टीम इंडिया के जर्सी पर आपन नांव देख भावुक भइलें वैभव सूर्यवंशी

---Advertisement---

मुंबई : भारतीय टीम के जर्सी पहिने के सपना पूरा होखे के बाद अब वैभव सूर्यवंशी ओही जर्सी में देश खातिर मैच जितावे वाला प्रदर्शन करे के चाहत बाड़ें। भारतीय क्रिकेट टीम में शामिल युवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी 3 नंबर के जर्सी पहनले बाड़ें।
बिहार के समस्तीपुर जिला के ताजपुर नजदीक स्थित मोतीपुर गांव के रहेवाला वैभव सूर्यवंशी के चयन भारतीय सीनियर टीम के आयरलैंड आ इंग्लैंड दौरा खातिर भइल रहे, जहाँ उनकरा के आधिकारिक रूप से 3 नंबर के जर्सी सौंपल गइल। एह नंबर के चुने के पीछे उनकर माई के एगो गणितीय सोच आ सलाह बा।
मात्र 15 साल के उमिर में वैभव जे सफर तय कइले बाड़ें, ऊ वाकई काबिल-ए-तारीफ बा। हाल ही में ट्राई सीरीज के फाइनल में ऊ इंडिया-ए खातिर 94 रन बनवले रहस।
भारतीय क्रिकेट के उभरत सितारा वैभव सूर्यवंशी खातिर ऊ खास पल आखिर आ ही गइल, जेकर सपना ऊ बचपन से देखत आइल रहलें। आयरलैंड आ इंग्लैंड दौरा खातिर पहिलका बेर भारतीय टी-20 टीम में चयनित 15 वर्षीय बल्लेबाज जब टीम इंडिया के जर्सी पर आपन नांव देखलें, त ऊ भावुक हो गइलें।
बीसीसीआई (भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड) द्वारा साझा कइल गइल वीडियो में वैभव आपन भावना व्यक्त करत कहलें कि क्रिकेट खेले के शुरुआत ऊ एके सपना के साथ कइले रहस कि एक दिन भारत के जर्सी पहनब। अब जब ई सपना साँच हो गइल बा, त उनका अबहियो यकीन नइखे होत कि ऊ सपना सचमुच पूरा हो गइल बा।

Join WhatsApp

Join Now

Join Telegram

Join Now

Leave a Comment