“अगर कवनो आदमी खाली एके आदमी के जान बचावेला त सरकार ओकरा के राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित करेले। जबकि शिव शंकर महतो अबले प्रमाणित रूप से लगभग 75 लोगन के जान रक्तदान के माध्यम से बचावे में योगदान दे चुकल बाड़ें। एह निःस्वार्थ सेवा, मानवता आ समर्पण के चलते ऊ सही मायने में “रक्तवीर” कहलाए के हकदार बाड़ें“
जमशेदपुर: आनंद मार्ग यूनिवर्सल रिलीफ टीम ग्लोबल (AMURT Global) आ जमशेदपुर ब्लड सेंटर के ओर से आनंद मार्ग के समर्पित रक्तदाता रक्तवीर शिव शंकर महतो के 25 से बेसी बेर स्वेच्छा से रक्तदान करे खातिर सम्मानित कइल गइल। एह अवसर पर जमशेदपुर ब्लड सेंटर के जीएम संजय चौधरी आ आनंद मार्ग के रिलीफ को-ऑर्डिनेटर सुनील आनंद उनका के मोमेंटो आ पौधा भेंट करके सम्मानित कइलें।
सुनील आनंद कहलें कि जे व्यक्ति भय आ घृणा जइसन नकारात्मक वृत्ति पर विजय पाकर निःस्वार्थ भाव से रक्तदान करे ला, ऊ असली “रक्तवीर” होला। खून दान करके ऊ अपना जान के परवाह कइले बिना दूसरका के जीवन बचावे में योगदान देला।
उ कहलें कि अगर कवनो आदमी खाली एके आदमी के जान बचावेला त सरकार ओकरा के राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित करेले। जबकि शिव शंकर महतो अबले प्रमाणित रूप से लगभग 75 लोगन के जान रक्तदान के माध्यम से बचावे में योगदान दे चुकल बाड़ें। एह निःस्वार्थ सेवा, मानवता आ समर्पण के चलते ऊ सही मायने में “रक्तवीर” कहलाए के हकदार बाड़ें।
शिव शंकर महतो के ई सम्मान समाज खातिर एगो प्रेरणा बा। उनका जीवन से प्रेरणा लेके अउरी लोगन के भी नियमित स्वेच्छिक रक्तदान खातिर आगे आवे के चाहीं, ताकि जरूरतमंद मरीजन के समय पर खून मिल सके आ अनगिनत जिनगी बचावल जा सके।





