लखनऊ : श्रीराम मंदिर से चढ़ावा चोरी मामला के बाद अब एगो अउरी मामला सामने आइल।
सिंधी समाज के दावा – चंपत राय के 200 किलो चाँदी दिहल गइल रहे, राम मंदिर में लागे खातिर चाँदी के शिला दिहल गइल रहे, बाकिर आज ले ओकर रसीद नइखे मिलल।
विश्व सिंधी सेवा संगम के चेयरमैन के दावा बा कि समाज के 200 लोग एक-एक किलो चाँदी के शिला दान कइले रहे।
अयोध्या के श्रीराम मंदिर में चढ़ावा चोरी के मामला गरमाइल बा। एह बीच विश्व सिंधी सेवा संगम दावा कइले बा कि साल 2021 में सिंधी समाज के 200 लोग मिलके एक-एक किलो चाँदी के शिला दान कइले रहे। ई शिला राम मंदिर के निर्माण में लागे खातिर चंपत राय के सउंपल गइल रहे।
संस्था के कहना बा कि आज ले एह चाँदी के रसीद नइखे मिलल आ ना ई बतावल गइल बा कि ई शिला के इस्तेमाल कहाँ भइल। समाज के लोग अब एह पूरा मामला के जाँच के माँग करत बा।
एह बीच एगो महिला ई आरोप लगवले बाड़ी कि उ राम मंदिर खातिर चाँदी के कछुआ दान कइले रहली, बाकिर ओकरो रसीद आज ले नइखे मिलल। उ कई बेर ट्रस्ट से जानकारी माँगली, बाकिर अबले कवनो साफ जवाब नइखे मिलल।
ईहो कहल गइल बा कि राम मंदिर परिसर में कई गो संदिग्ध लोग से पूछताछ भइल बा आ चढ़ावा चोरी के मामला में जाँच जारी बा।
सिंधी समाज के दावा – चंपत राय के 200 किलो चाँदी दिहल गइल रहे, राम मंदिर में लागे खातिर चाँदी के शिला दिहल गइल रहे, बाकिर आज ले ओकर रसीद नइखे मिलल






